आलोक कुमार के ‘देवरा पे मनवा डोले’

सिनेमा भोजपुरी में लगातार सात गो सुपरहिट फिलिम दे चुकल सबले सफल निर्माता आलोक कुमार अब भोजपुरी फिल्म ‘‘देवरा पे मनवा डोले’’ लेके आवत बाड़न. पिछला साल के सबले बड़हन हिट फिल्म ‘‘साजन चले ससुराल’’ देबे वाला निर्माता आलोक कुमार के एह नयकी फिल्म में एक बेर फेरू भोजपुरिया दिल के धड़कन बन गइल खेसारीए लाल यादव नायक का भूमिका में बाड़े.

निर्देशक प्रेमांशु सिंह हउवे. फिल्म में खेसारी लाल यादव का साथे स्मृति सिन्हा, अंजना सिंह, रानी चतुर्वेदी, प्रकाश जैस, अनुप अरोड़ा, माया यादव, पूनम सिंह, विनोद मिश्रा, सतेन्द्र सिंह, संतोष श्रीवास्तव, सत्य प्रकाश, अखिल तिवारी, अनिता रस्तोगी, संजीव झा आ ब्रजेश सिंह के खास भुमिका बा. एह समहर पारिवारिक मनोरंजन देबे वाली फिल्म एगो प्रेम कहानी ह.

गीतकार विनय बिहारी, फणिन्द्र राव, कृष्णा बेदर्दी आ प्यारेलाल यादव, संगीतकार मधुकर आनंद, एक्शन आर. पी. यादव, नृत्य राम देवन, छायांकन हीरा सरोज, संपादन जितेन्द्र सिंह ‘जीतू’ आ कार्यकारी निर्माता विकास कुमार हउवें.

फिल्म मई में रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।