आवते छाप लिहली अर्चना सिंह

ArchanaSinghसिनेमा भोजपुरी में तीन गो फिलिमन से शुरूआत करे वाली अर्चना सिंह आवते साथ फिल्म जगत में सनसनी फैला दिहली. आज उनकर गिनिती भोजपुरी के व्यस्ततम अभिनेत्रियन में होखे लागल बा. बिहार के भभुआ के रहे वाली अर्चना सिंह के ग्लेमर वर्ल्ड में आइल संजोगे रहल. भोजपुरी के पहिलका मनोरंजन चैनल महुआ के हिट सीरियल “स से सरस्वती” में निगेटिव किरदार से अभिनय के क्षेत्र में डेग धरे वाली अर्चना के एक महीना में तीन गो फिलिम रिलीज़ भइल. एहमें रहल निर्देशक ब्रज भूषण के “फूहड़ सनीमा” जवन भोजपुरी के अबले के सबले बोल्ड फिलिम बा. एह फिलिम में अर्चना सिंह के किरदार एगो आम घरेलु लड़िकी के बा जवन एगो साफ़ सुथर फिलिम बनावे वाला निर्देशक के प्रेमिका बाड़ी. ओह निर्देशक के किरदार में बाड़ें बहुमुखी अभिनेता अजय दीक्षित. एह फिलिम में अर्चना के सहज अभिनय सभकर धेयान अपना ओरी खींचलसि. एकरा साथही रिलीज भइल अर्चना के दोसर फिलिम रहल “बड़का छोटका”. निर्देशक पायल कश्यप आ रमेश झा के एह फिलिमो में अर्चना के अभिनय सराहल गइल. एह दुनु फिलिमन का अगिला हफ्ता रिलीज भइल “लक्ष्मण रेखा”. एहमें उनुका साथे रहलन विनय आनंद आ गुंजन पन्त. लक्ष्मण रेखा एह घरी मुंबई में धूम मचवले बिया.

हाल ही में बिहार से भोजपुरी फिलिम “जान तू जहान तू” के शूटिंग करके मुंबई लवटल अर्चना धारावाहिकन में व्यस्त बाड़ी आ एही महीना एगो बड़हन फिलिम के शूटिंगो करे वाली बाड़ी.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।