आवत बिया करेंट मारे गोरिया

अपना बनला का दौराने से चर्चा में रहल भोजपुरी फिल्म “करेंट मारे गोरिया” अब रिलीज होखे खातिर तईयार हो चुकल बा आ एही अप्रेल में एकरा के रिलीज कइल जाई. एह फिल्म के खासियत बा कि एकर लगभग पूरा शूटिंग जम्मू कश्मीर में भइल बा. मारुती क्रियेशन के बैनर में निर्माता रमन पंचौरी आ आभा सिंह अउर निर्देशक टी .बौबी सिंह के फिल्म “करेंट मारे गोरिया” में बिरहा सम्राट विजय लाल यादव, भोजपुरी के चर्चित गायिका वर्षा तिवारी, एक्शन स्टार अजय दीक्षित का साथे महक मल्होत्रा, बौबी सिंह, काश्मीरी बाला ऋतू मेहरा वगैरह शामिल बाड़े. अजय दीक्षित एगो पुलिस इन्सपेक्टर का दमदार किरदार में बाड़न आ एह फिल्म से वर्षा तिवारी, बाबी सिंह आ ऋतु मेहता भोजपुरी सिनेमा का परदा पर प्रवेश ले रहल बाड़े.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।