आवऽ दियावा जरावऽ भोजपुरी के भईया

– ओेमप्रकाश अमृतांशु

Deepawali14

शंख नाद गरजन सुनावऽ, मिलके जोर लगावऽ
आवऽ दियावा जरावऽ, भोजपुरी के भईया .

ओका-बोका तिन तड़ोका, घुघुआ के हई माना
तार काटो-तरकुल काटो, ढ़ेरन खेल-खजाना,
चुट्टा-चुट्टी, बुढ़िया कब्ड्डी, से नेहिया लगावऽ
आवऽ दियावा जरावऽ, भोजपुरी के भईया .

अद्भूत कला के रूप, कोहबर-पिड़ियां के लेखनवा,
मारि मूसर के मार बहिनी, कूटेली गोधनवा,
धरती के आँचरा पे आपन, चउका पुरावऽ .
आवऽ दियावा जरावऽ, भोजपुरी के भईया

हरदी मटकोड़, विआह-तिलक, समधी-समधिन के गारी,
ईमली घोटावस मामा, खांेस के पछूआ भारी,
लोक रंग में डूबल सोहर, फागुन- चइत कढ़ावऽ .
आवऽ दियावा जरावऽ, भोजपुरी के भईया .

हई खांटी भोजपुरिया, से ना केहु आंटल आंटी
वीर कुअँर, राजेन्दर, मंगल के हउए माटी
जय भिखारी, रघुवीर, महेन्दर, बालेेश्वर जयकारऽ .
आवऽ दियावा जरावऽ, भोजपुरी के भईया .

संस्कृति के सुनर बगिया, हूनर से बा भरल
तीज-जिउतिया, बहुरा, करमा-धरमा के परब
छठि माई के दउरावा, माथावा चढ़ावऽ
आवऽ दियावा जरावऽ , भोजपुरी के भईया .

हाथ बढ़ावऽ, जान लड़ावऽ, भाव से भाव मिलावऽ
भोजपुरी के झंड़ा , मंगल चान पे फहरावऽ
ऊचरि- ऊचरि बोेलेला कागा, नीनिया दूर भगावऽ
आवऽ दियावा जरावऽ भोजपुरी के भईया….­­­­

4 Comments

  1. jay

    भोजपुरी के दिया ना बूझे वाला बा, ना बूझााई, असों के दिया भोजपुरिये में जरावल जाई.

  2. kiran

    दिवाली के दिया भोजपुरी में जरी का

  3. ranjit

    वाह! बहुत निक। बहुत अच्छा। बहुत बहुत बधाई।

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।