आशिक के जनाजा बहुत धूम से निकलल

Screengrab of youtube.com video

रोड शो आ जनाजा के फरक बिना कुछ कहले पता चल जाला. वायनाड से लोकसभा खातिर आपन परचा दाखिल करे से पहिले कांग्रेस के अध्यक्ष रह चुकल आ पिछला बेर वायनाडे से चुनाव जीत चुकल राहुल गाँधी एगो रोड शो निकललन. एह रोड शो के वीडियो राहुल गाँधी के यूट्यूब चैनल पर जारी हो चुकल बा. वीडियो देख के पहिला बेर बुझइबे ना कइल कि ई केकर मातमी जुलूस निकालल गइल बा. उज्जर उज्जर कपड़ा पहिनले लोग देख के एही बात के तस्दीक करवावत रहुवे कि ई रोड शो ना हो के मुहब्बत के दोकान चलावे के दावा करे वाला के जनाजा हउवे. ना कवनो झण्डा, ना बैनर, ना फूल गुलदस्ता. जवन कि कवनो राजनीतिक जुलूस के जरुरी हिस्सा होखेला एह रोड शो से नदारद रहुवे.

कारण समुझे के परेशानी उठवला बिना स्मृति इरानी आ केरल के मुख्यमंत्री के बयान साफ कर दिहलसि कि ई मातम जइसन माहौल काहे बनावल गइल रहुवे. भोजपुरी के एगो कहाउत हउवे कि गुड़ खाए आ गुलगुला से परहेज करे. मुस्लिम लीग के समर्थनो चाही आ लोग के पता ना चलो ई इच्छो. एह चलते मुस्लिम लीग वालन से कह दिआइल रहुवे कि आपन झण्डा बैनर ले के मत अइहऽ लोग. आ तब एकरा बदलैन में इहो तय भइल कि कांग्रेसो के झण्डा बैनर एह शो में ना रही.

राहुल गाँधी के आपने चैनल पर जारी वीडियो रउरो देखीं आ बताईं कि हम सही कहत बानी कि गलत. शर्मिन्दगी त मुस्लिम लीग वालन खातिर बावे कि ओकरा के एह जोग ना समुझल गइल कि खुलेआम ओकर सहजोग देखावल जा सके.

आ एह फरक के अउर रेघरिआवे खातिर राहुले गाँधी के पुरनका जुलूस के वीडियो नीचे दे देत बानी –

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।