आसमान के नीचे रखल बा यूरिया खाद के बोरा

सिंहाचवर, बलिया. पीसीएफ के गोदाम सिंहाचवर के हाता में कर्मचारियन आ अधिकारियन के लापरवाही से आजु चार दिन से पांच सौ बोरिया यूरिया खाद आसमान के नीचे राखल बा ओकर देखभाल करके खातिर एगो चउकीदार दिन राति रहता। चउकीदार डेराइल बा कि अगर केहू लूटि ले गइल त हम का करब। बाकी पीसीएफ के अधिकारियन आ कर्मचारियन के बूझात नइखे ।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।