आस्ट्रेलिया से मोहाली में भारत हारल आ कुछ अउरिओ छूटल फटकल खबर
  • मोहाली एकदिना में आस्ट्रेलिया वसीय 4 विकेट से जीत गइल. हार के जिम्मेदार इशांत के गेंदबाजी जे एक ओवर में तीस रन दे दिहले. पांच हजार रन बनावे वाला भारत के तिसरका कप्तान धोनी के शतक कामे ना आइल.
  • आजमगढ़ में जहरीला शराब पीयला से मरे वालन के गिनिती 39 चहुँपल.
  • प्रधानमंत्री कार्यालय कोयला खदान आंवटन मामिला में बिड़ला के कंपनी कोयला ब्लॉक दिहला के जायज ठहरवलसि.
  • मालदीव में राष्ट्रपति चुनाव रद्द क दीहल गइल. मालदीव पुलिस एह फैसला के सही ठहरवलसि. राजनीतिक गतिरोध का बीच भइल फैसला.
  • अतवार का दिने प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह पांच दिन के विदेश यात्रा पर चीन आ रूस जइहें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।