इंटर आर्ट्स के टॉपर प्रोडिकल साइन्स में खाना बनावे का बारे में पढ़ली

बिहार के शिक्षा व्यवस्था के नया ऊँचाई मिलल बा एह साल. मैट्रिक में जब आधा से बेसी विद्यार्थी फेल क गइलें त कहल गइल कि एकरा से साफ बा कि नकल ना होखे दीहल गइल आ इम्तिहान ठीक से लीहल गइल.

बाकिर हकीकत सोझा आ गइल जब इंटर आर्ट्स के टॉपर रुबी राय के इहो नइखे मालूम कि कुल्ह कतना नंबर के इम्तिहान दीहली आ कवन कवन विषय रहुवे उनकर. 500 नंबर का जगहा 600 नंबर बता दीहली आ पॉलिटिकल साइन्स के प्रोडिकल साइन्स बतवली. इहो कहली कि एहमें खाना बनावे का बारे में सिखावल जाला.

रुबी राय के बाबूजी के कहना बा कि ऊ त तनिका ध्यान राखे के कहले रहलन प्रिन्सिपल साहेब से बाकिर ऊ त टॉपे करा दीहलन. अब सगरी भेद खुल जात बा काहे कि रुबी साधारण विद्यार्थी रहली टॉपर बने जोग का बारे में त सोचलो गलत कहाई. बाकिर इहो कहलन कि एह गड़बड़ में उनकर आपन कवनो हाथ हइखे.

अब बोर्ड हर फैकल्टी के टॉपरन के इन्टरव्यू ली आ जरुरत पड़ी त एह लोग के लिखितो इम्तिहान लीहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..