इंटर परीक्षा मंगल से

काल्हु मंगल का दिन से बिहार में इंटर परीक्षा शुरु होखे जा रहल बा जवना में राज्य के ६३५ केन्द्र पर सात लाख से बेसी परीक्षार्थी शामिल होखीहें. बोर्ड के कहना बा कि लड़िकन खातिर जिला मुख्यालयन पर आ लड़ीकियन खातिर अनुमंडल स्तर पर केन्द्र बनावल गइल बा. एह साल से परीक्षा सीबीएसई पैटर्न पर होखी. प्रश्नपत्र समुझे खातिर पन्द्रह मिनट अलग से दिहल जाई. सरकार एह इम्तिहान के कदाचार रहित करावे खातिर पूरा तइयारी कइले बिया आ सभका से सहयोग करे के निहोरो कइले बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..