इंडिया टुडे में निरहुआ पर खास आलेख

सिनेमा भोजपुरी के जूबली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ पर देश के सबसे लोकप्रिय साप्ताहिक पत्रिका इंडिया टुडे अपना नया अंक में एगो विशेष आलेख ‘‘भोजपुरी का सुपरस्टार निरहुआ’’ प्रकाशित कइले बिया. पाँच पन्ना के एह आलेख में निरहुआ के एगो साधारण गायक से उठ के भोजपुरी के सुपरस्टार अभिनेता बने के कहानी कहल गइल बा. एह आलेख में निरहुआ के पाँच गो टॉप फिलिम, उनुकर शौक आ उनुका सफलता का पाछे क उनुकर समपर्ण क बारे में लिखल गइल बा. कहल गइल बा कि निरहुआ भोजपुरी के सबसे कामयाब हीरो हउवें आ उनुकर फिलिम बेहतर मुनाफा देली सँ.

पिछला दिने टाईम्स ऑफ इंडियो निरहुआ के भोजपुरी के सबले बड़का स्टार करार दिहले रहुवे.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..