इंडिया टुडे में निरहुआ पर खास आलेख

सिनेमा भोजपुरी के जूबली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ पर देश के सबसे लोकप्रिय साप्ताहिक पत्रिका इंडिया टुडे अपना नया अंक में एगो विशेष आलेख ‘‘भोजपुरी का सुपरस्टार निरहुआ’’ प्रकाशित कइले बिया. पाँच पन्ना के एह आलेख में निरहुआ के एगो साधारण गायक से उठ के भोजपुरी के सुपरस्टार अभिनेता बने के कहानी कहल गइल बा. एह आलेख में निरहुआ के पाँच गो टॉप फिलिम, उनुकर शौक आ उनुका सफलता का पाछे क उनुकर समपर्ण क बारे में लिखल गइल बा. कहल गइल बा कि निरहुआ भोजपुरी के सबसे कामयाब हीरो हउवें आ उनुकर फिलिम बेहतर मुनाफा देली सँ.

पिछला दिने टाईम्स ऑफ इंडियो निरहुआ के भोजपुरी के सबले बड़का स्टार करार दिहले रहुवे.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।