इंदिरा गाँधी के आपन सबले बड़का सम्मान दिहलसि बांगला देश

बांगला देश का तरफ से ओकरा के आजाद करवावे वाला इंदिरा गाँधी के ओहिजा के सबले बड़का सम्मान से सम्मानित कइल गइल बा. काल्हु ई सम्मान सोनिया गाँधी का हाथ में दिहल गइल. बांगला देश के मुक्ति संग्राम में लाखो बांगलादेशी भारत में शरण लिहले रहले आ ओहिजा के निर्वासित सरकार कोलकाता से चलावल जात रहे. एह संग्राम के ओकरा अंजाम तक चहुँपावे का कोशिश में भारत तब अमेरिका के बन्दर घुड़की के परवाह ना कइले रहे आ ओकर सातवाँ बेड़ा के अनदेखी करत बांगला देश के आजाद करवा लिहल गइल रहे. भारते का कोशिश से शेख मुजीब के जेल से सुरक्षित रिहाई भइल रहे. एह सब एहसान खातिर इंदिरा गाँधी के सम्मानित करके बांगलादेश खुद के सम्मानित कइले बा.

बांगला देश का लड़ाई में सवा लाख पाकिस्तानी सैनिक सगरी साजो सामान आ रसद रहला का बावजूद मनोवैज्ञानिक लड़ाई हार गइल रहले आ भारतीय सेना का सोझा घुटना टेक के समर्पण कर दिहले रहले. दुनिया का इतिहास में अइसनका कवनो दोसर उदाहरण ना मिले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।