‘‘इंसाफ’’ के धमाकेदार ओपनिंग

भोजपुरी के मशहूर फिल्म निर्माता अभय सिन्हा के बनावल आ सुपरस्टार मनोज तिवारी आ पवन सिंह अभिनीत फिल्म ‘‘इंसाफ’’ के जब छठ पूजा का शुभ अवसर पर बिहार में पचीसन सिनेमा घर में रिलीज कइल गइल त ओकरा धमाकेदार ओपनिंग मिलल. छपरा के शिल्पी टॉकीज (छपरा) में रिकार्ड 42,000/- रू॰ के ओपनिंग मिलल. सिनेमा हॉलन में मेहरारुवन के भीड़ उमड़त बा. एह पारिवारिक फिल्म के निर्देशन अजय श्रीवास्तव के बा. प्राप्त की है।

मनोज तिवारी, पवन सिंह, गजेन्द्र चौहान, संगीता तिवारी, कृषा खंडेलवाल, उर्वशी चौधरी, सिद्धार्थ राय, रवि उज्जैन आ प्रिया पाण्डे अभिनीत एह फिल्म में देखावल बा कि कइसे इंसाफ खातिर आपन पराया में भेद ना कइल जाला. एह फिल्म में मनोज तिवारी आ पवन सिंह पहिला बेर एक साथे काम कइले बाड़न.


(स्रोत – प्रशांत निशांत, शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..