’इंस्पेक्टर चॉंदनी’ खातिर गाना गवली रानी चटर्जी

RaniChatterjee-DamodarRaoओम सिरीज़ मूवी के बैनर तले बनत ’इन्सपेक्टर चॉदनी’ खातिर के भोजपुरिया हॉट गर्ल रानी चटर्जी पहिला बेर गाना गवली. एह गीत के संगीत रचले दामोदर राव आ लिखलें बाड़े सच्चिदानंद कवच,

नारी प्रधान एह फिलिम के पूरा शूटिंग गुजरात के राजपिपला शहर में भइल बा. रानी चटर्जी के एगो अलगे तरह के किरदार बा एह फिलिम में.

निर्माता अरूण कुमार शाह आ ओमकुमार, निर्देशक रतन राहा, गीतकार सच्चिदानंद कवच, मुन्ना दुबे, राजेश मिश्रा, पिटूं गिरी, मधुसुदन राव अउर विनोद ब्यास, संगीत दामोदर राव, लेखक अनिल विश्वकर्मा, छायाकार नन्दू चौधरी, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, आ फाईट मास्टर रियाज़ सुल्तान हउवें.

मुख्य कलाकार हउवें रानी चटर्जी, आजा़द कुमार, अर्पिता माली, दीपक भाटिया, सपना, सी पी भट्ट, ददन महतो, कृष्णा आ दामोदर राव.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।