‘इज्जत’ के प्रदर्शन 23 अगस्त से बिहार में

Ijjat-posterभोजपुरी के मशहूर फिलिम कंपनी मिथिला टॉकिज के बैनर तर बनल फिलिम ‘इज्जत’ 23 अगस्त से बिहार के सिनेमाघरन में देखावल जाई. निर्माता मनोज कुमार चौधरी आ निर्देशक बाली के एह फिलिम में जुबली स्टार दिनेश लाल यादव आ मोनालिसा के हॉट जोड़ी बा. एह समहर मनोरंजन देबे वाली फिलिम में निरहुआ अइसन नवही के भुमिका में बाड़ें जे अपना घर के इज्जत बचावे खातिर गलत राह धर लेत बा.

फिलिम में निरहुआ-मोनालिसा के लव एंगल बा. साथी कलाकारन में प्रतिभा पाण्डेय, दीपक भाटिया, विष्णु शर्मा, सुबोध सेठ, गौरी शंकर, मनीष चतुर्वेदी, अभय राय, सीमा सिंह आ ब्रजेश त्रिपाठी बाड़ें.

संगीतकार राजेश रजनीश, नृत्य बाली आ नरेन्द्र शर्मा, एक्शन इकबाल सुलेमान, आ कैमरामैन एस जहाँगीर.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..