इतना सतइब त हम मर जाएब के संगीत मुहुर्त

पिछला दिने यू शाण्डिल्य आ पी॰एन॰सिंह के बनावल नागवंशी मूवीज के बैनर आ श्रीमातंगी भाव कला के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म “इतना सतंइब त हम मर जायब” के संगीत मुहुर्त मुंबई के ए॰बी स्टूडियो में करावल गइल. कौशल किशोर के निर्देशन में बने वाली एह फिल्म के मुख्य कलाकारन में प्रेम नागवंशी, गुंजन कपूड़, गुड्डू रंगीला, वी एस चौहान निरहू, गौरी शंकरम रानी चतुर्वेदी आ रजनी मेहता के नाम शामिल बा. कार्यकारी निर्माता शंभू पुरोहित, संगीतकार अखिलेश कुमार, गीतकार प्यारेलाल यादव, अशोक सिन्हा आ श्यामजी श्याम, कहानीलेखक मनोज कुशवाहा, संवाद लेखक दिलीप मिश्रा, कैमरामैन मनोज कुमार, संपादक संजय एम जायसवाल, नृत्य निर्देशक मयंक अशोक, फाइट मास्टर मोहम्मद अली, आ कला निर्देशक सतीश रावत रहीहें. फिल्म के शूटिंग २२ मार्च से मुंबई में शुरु होखे जा रहल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।