इतिहास में 31 अक्टूबर

1875.. लौह पुरूष सरदार वल्लभ भाई पटेल के जनम.
1908.. लंदन मे चउथा ओलंपिक के समापन.
1918.. अमेरिका मे एक हफ्ता का भितरे स्पेनिश फलू वायरस से 21 हजार लोग मरल.
1920.. बम्बई मे अखिल भारतीय ट्रेड यूनियन कांग्रेस के उद्घाटन सत्र शुरू.
1924.. इटली मे प्रथम अंतर्राष्ट्रीय बचत बैक कांग्रेस मे विश्व बचत दिवस के घोषणा भइल.
1938.. आर्थिक मंदी से निपटे आ निवेशकन के भरोसा बहाली ला न्यूयार्क स्टाक एक्सचेज पंद्रह सूत्री कार्यक्रम बनवलसि.
1959.. आसवान बांध बनावे ला तब के सोवियत संघ आ मिस्र समझौता कइले.
1966.. भारतीय तैराक मिहिर सेन पँवड़ के पनामा चैनल पार कइलन.
1976.. पाकिस्तानी बल्लेबाज जावेद मियांदाद महज 19 साल का उमिर में न्यूजीलैड का खिलाफ खेलत 206 रन बनवलन.
1984.. भारत के प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी के उनकरे अंगरक्षक गोली मार दिहले.
1984.. इंदिरा गांधी के हत्या क बाद उनकर बेटा राजीव गांधी देश के सोरहवाँ प्रधानमंत्री बनलन.
1988.. युगोस्लाविया मे पत्रकार प्रेस के आजादी मँगले.
2011.. विश्व के जनसंख्या सात अरब का पार गइल.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।