इतिहास मे 15 अक्टूबर

1582…पोप ग्रेगरी 13वाँ ग्रेगोरियन कैलेडर लागू कइले जवना से इटली, पोलैड, पुर्तगाल, आ स्पेन मे 04 अक्टूबर के बाद अगिला तारीख 15 अक्टूबर हो गइल.
1783…मांटगोल्फियर भाई गरम हवा भरल गुब्बारा का सहारे मानव इतिहास के पहिला उड़ान भरले.
1793…फ्रांस के महारानी मारी आत्वानेत के अनेके आरोपन के दोषी पावल गइल आ अगिले दिन फांसी दे दीहल गइल.
1931…भारत के राष्ट्रपति बने वाला मिसाइल मैन. एपीजे अब्दुल कलाम के जनम.
1932…टाटा एयरलाइंस, अबके एयर इंडिया, आपन पहिला उड़ान भरलसि.
1934…बांसुरी वादक एन. रमानी के जनम.
1955…भारतीय हाकी खिलाड़ी कुलबीर भौरा के जनम.
1957…भारतीय निर्देशिका मीरा नायर के जनम.
1961…हिंदी कवि सूर्यकांत त्रिपाठी .निराला. के निधन.
1990…सोवियत संघ के नेता मिखाइल गोर्वाचोव के शीत युद्ध घरी तनाव कम करे खातिर नोबेल पुरस्कार दीहल गइल.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।