इन्टरनेट पर रंगबाज के प्रोमो प्रीमियर

भोजपुरी फिल्म “रंगबाज” कई गो नया परम्परा शुरु करे खातिर जानल जाई. थ्रीजी पर पहिला बेर एह फिल्म के प्रोमोशनल वीडियो जारी भइल रहे जवना के फिल्म के निर्माता कंपनी ए एस सी डिजिटल प्रा॰लि॰ खुदे जारी कइले रहल एयरटेल मोबाइल सेवा पर. आ अब एह फिल्म के प्रोमो इन्टरनेट पर डाल के एगो अउरी नया शुरुआत होखे जा रहल बा. फिल्म के प्रोमोशनल वीडियो आ इन्टरनेट प्रोमो से भोजपुरी सिनेमा के कमाई के एगो अउरी रास्ता मिलल बा जवना पर बाकियो निर्माता जल्दिये चलल शुरु कर दीहें.

“रंगबाज” के निर्देशन शिवराम यादव के बा आ मुख्य किरदार में हैदर काजमी आ रानी चटर्जी बाड़े लोग. देखल जाव रंगबाज के प्रोमो इन्टरनेट पर का कमाल कर देखावत बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..