इन आँखो की मस्ती के दिवाने हजारों हैं

पिछला तीसन साल से बालीवुड के क्रेज रहल रेखा मंगल का दिने राज्यसभा के सदस्यता के शपथ लेबे चहुँपली त उनुका के देखेवालन के भीड़ लाग गइल. एह भीड़ में संसद के सुरक्षा कर्मी, मीडिया के लोग आ कुछ सांसदो रहलें.

रेखा के सरकार राज्यसभा के सदस्य मनोनीत कइले रहे जवना के राष्ट्रपति से मंजूरी मिल गइला का बाद आजु शपथ लेबे रेखा संसद भवन चहुँपली. सत्तावन साल के रेखा में आजुओ अनेके नयकी हिरोइनन से बेसी खिंचावट बा.

शपथ लेबे खातिर जब उनकर नाम पुकारल गइल त सगरी लोग मेज थपथपा के उनुकर स्वागत कइल जबकि उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी उनुका के वेलकम कहलें. शपथ लिहला का बाद रेखा प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, नेता विपक्ष अरूण जेटली आ कुछ अउरी सांसद के अभिवादन कइली आ कुछ देर ले संसद में अपना ला निर्धारित सीट संख्या निनानबे पर बइठ के कार्यवाही में शामिल भइली. उनुका के सांसद जावे अख्तर से कुछ पुरजी लेत देत देखल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *