इस्लामिक कानून के जानकार मुफ्ती सुहेल समेत 10 गो आतंकी धरइलें

काल्हु बुध का दिने एनआईए यूपी आ दिल्ली में 17 जगहा छापा मार के देश के बम धमाकन से दहलावे के साजिश में लागल मुफ्ती सुहेल समेत 10 गो आतंकियन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से बहुते सारा विस्फोटक सामान, असलहा वगैरह बरामद भइल बा.

ई मुसलमान गिरोह अंतर्राष्ट्रिय इस्लामी आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट से सीख लेत हरकत उल हर्ब ए इस्लाम नाम के संगठन बनवले बाड़ें स.

मीडिया के एह बात के जानकारी देत एनआईए के इन्सपेक्टर आलोक मित्तल बतवलें कि ई गिरोह लगातार बम धमाका करे का कगार ले चहुँप गइल रहलें स बाकिर सही समय पर भनक लाग गइल आ एहनी के गिरफ्तारी हो गइल ना त जानमाल के पता ना कतना नुकसान चहुँपवले रहते सँ ई आतंकी गिरोह.

बतवलन कि मुफ्ती सुहेल यूपी के अमरोहा के रहे वाला ह. एह गिरोह का लगे से साढ़े सात लाख रुपिया, करीब एक सौ मोबाइल फोन, 135 गो सिम कार्ड, लैपटॉप वगैरह बरामद कइल गइल बा. 25 किलो विस्फोटक आ एगो रॉकेट लॉन्चरो मिलल एहनी का लगे से.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।