उत्तरप्रदेश में बरखा से बाढ़ के हालात अउर खराब भइल

लगातार होखत मानसूनी बरखा का चलते उत्तरप्रदेश में बाढ़ के हालात अउरी खराब हो गइल बा. अलग बात बा कि कुछ नदियन में पानी के लेवल नीचे आवत बा. अबहीं आजुओ तेज बरखा के अनेसा जतावल गइल बा. गंगा नदी के बाढ़ से सबसे खराब हालात इलाहाबाद, वाराणसी, मिर्जापुर, गाजीपुर, आ बलिया में बा, अतवार का दिने भइल तेज बरखा का बाद बलिया शहर के अनेके निचला इलाकन में बाढ़ के पानी लोग के घर ले घुस गइल बा. बलिया में घाघरा आ टोंसो नदी खतरा का निशान से उपर बहत बाड़ी स.
चंदौली के धानापुर इलाका के दीयामईपुर में बाढ़ के पानी में नाव पलटला का चलते भाई बहिन के मौत हो गइल जबकि बाकी लोग केहु तरह पवँड़ के बाहर निकल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।