उत्तर प्रदेश के खबर, बुध 31 अगस्त का दिने
  • उप्र का कौशाम्बी में दंगा से 1 आदमी के मौत, 10 आदमी घवाहिल.

    कौशाम्बी, 31 अगस्त (आईएएनएस). उत्तर प्रदेश के कौशाम्बी जिला में बुध का दिने दू सम्प्रदाय के लोग का झड़प में एक आदमी के मौत हो गइल आ 10 आदमी घवाहिल हो गइल बाड़े.

    जिला के कोखराज इलाका में भइल झड़प में बयालीस साल उनिर के चांद मियां के मौत हो गइल जबकि दुनु तरफ के दस लोग घवाहिल हो गइले. झगड़ा लाउडस्पीकर बजवला के ले के भइल. अपर पुलिस अधीक्षक एम.पी. वर्मा आईएएनएस के बतवले कि हालात पूरा तरह से काबू में बा बाकिर तनाव का चलते पूरा इलाका में जिला पुलिस का साथे प्रांतीय सशस्त्र बल (पीएसी) के तैनाती भइल बा. इंडो-एशियन न्यूज सर्विस.

  • उत्तर प्रदेश के झांसी जिला में जमीन के झगड़ा में पड़ोसी एगो औरत के जरा दिहले जवना के अस्पताल मे भरती करावल गइल बा. आरोपी फरार बाड़े सँ.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..