उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार 5 सितम्बर)

  • छोटा राजन के एगो शूटर के लाश इलाहाबाद जिला में रेल पटरी का लगे मिलल बा.
  • कानपुर में आजु सोमार के एगो मार्केट कॉम्पलेक्स में भयंकर आग लगला से इलाका में अफरा-तफरी मच गइल. केहू के हताहत होखे के सूचना नइखे.
  • सीतापुर जिले में सोमार के एगो मिनी ट्रक से कचरा के चार लोग के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले.
  • लखीमपुरी खीरी जिला में लेखपालन से भइल झगड़ा में दू गो वकीलन का खिलाफ आजु राज्य भर में वकील एक दिन के हड़ताल पर रहले.
  • बलिया जिला के रेवती थाना इलाका में घाघरा नदी में एगो नाव के पलट गइला से दू आदमी के डूबला से मौत हो गइल. चार जने पँवड़ि के बाहर निकल अइले. बलिये जिला के दुबहड़ो में गंगा नदी में एक आदमी डूब के मर गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..