उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार 25 सितम्बर)

  • गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज में इंसेफलाइटिस के मरीजन खातिर एक सौ बिस्तर वाला वार्ड बनावल जाई. मुख्यमंत्री मायावती ई एलान कइले बाड़ी. अस्पताल में दू करोड़ रुपिया के लागत से आठ गो वेंटिलेटर लगावल जाई.
  • शनिचर से होत लगातार बरखा का चलते पूर्वांचल के जनजीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा. रेलवे ट्रैक पर पानी का चलते बनारस कैंट स्टेशन का लगे रेल परिचालन में बहुते दिक्कत आ रहल बा. पूरा पटरी पानी में डूबल बा. जौनपुर में कई जगहा मकान आ दिवाल गिरला का चलते अठारह लोग के मौत हो गइल बा. बरखा अबही एक दू दिन अउरी होई.
  • अमर सिंह के 3 दिन में अस्पताल से छुट्टी दे दिहल जाई.
  • औरैया जिला में पुलिस तीन गो तस्करन के चार लाख रुपिया के जाली नोट का साथे गिरफ्तार कइले बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..