उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार 25 सितम्बर)

  • गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज में इंसेफलाइटिस के मरीजन खातिर एक सौ बिस्तर वाला वार्ड बनावल जाई. मुख्यमंत्री मायावती ई एलान कइले बाड़ी. अस्पताल में दू करोड़ रुपिया के लागत से आठ गो वेंटिलेटर लगावल जाई.
  • शनिचर से होत लगातार बरखा का चलते पूर्वांचल के जनजीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा. रेलवे ट्रैक पर पानी का चलते बनारस कैंट स्टेशन का लगे रेल परिचालन में बहुते दिक्कत आ रहल बा. पूरा पटरी पानी में डूबल बा. जौनपुर में कई जगहा मकान आ दिवाल गिरला का चलते अठारह लोग के मौत हो गइल बा. बरखा अबही एक दू दिन अउरी होई.
  • अमर सिंह के 3 दिन में अस्पताल से छुट्टी दे दिहल जाई.
  • औरैया जिला में पुलिस तीन गो तस्करन के चार लाख रुपिया के जाली नोट का साथे गिरफ्तार कइले बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।