उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध 28 सितम्बर)

  • बांदा जनपद के पल्हरी गांव में अनुसूचित जाति के एगो आठ साल के लड़िकी से यौन दुष्कर्म होखला के पुष्टि मेडिकल रिपोर्ट से हो गइल बा.
  • मुजफ्फरनगर जिला में बुध का दिने एगो तेज रफ्तार इनोवा सड़क पर खड़ा एगो ट्रक से जा टकराइल जवना चलते ओह पर सवार पाँच गो पर्यटकन के मौत हो गइल आ चार जने घवाहिल हो गइले.
  • मथुरा जिला में कुछ अज्ञात हथियारबंद आदमी दू गो पुलिस वालन के गोली मार के हत्या कर दिहले आ ओह लोग के रायफल ले के फरार हो गइलन.
  • प्रदेश में तीन गो नया जिला बनावल गइल बा. मुजफ्फरनगर जिला के शामली तहसील आ कैराना तहसील के मिला के प्रबुद्ध नगर जिला, मुरादाबाद के संभल आ चंदौसी आ बदायूं जिला के गुन्नौर तहसील के मिला के भीमनगर जिला आ गाजियाबाद के हापुड़ के पंचशील नगर जिला बना दिहल गइल बा. अब उत्तर प्रदेश में पचहत्तर गो जिला हो गइल. विपक्ष एकरा के वोट राजनीति बतावत विरोध कइले बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..