उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 29 सितम्बर)

  • नया नया बनल तीनो जिला, भीम नगर, प्रबुद्ध नगर आ पंचशील नगर, में अधिकारियन के नियुक्ति कर दिहल गइल बा.
  • प्रदेश में मतदाता सूची के फेर से देखला के दुसरका दौर बियफे से शुरू हो गइल जवन उन्तीस अक्टूबर ले चली आ छूटल फटकल लोग के नाम जोड़े के काम कइल जाई.
  • मेरठ शहर के भीड़भाड़ वाले इलाका में बनल एगो होटल में बियफे का दिने आग लाग गइल जवना से लाखों के सामान जर के राख हो गइल. केहू के घवाहिल होखे के खबर नइखे.
  • मायावती अपना विधायक जितेन्द्र सिंह बबलू के बसपा से निलम्बित कर दिहले बाड़ी काहे कि बबलू पीस पार्टी में शामिल हो गइल बाड़े.
  • मुरादाबाद जिला में बियफे का दिने एगो स्कूल बस बेकाबू हो के पलटि मार दिहलसि जवना से 25 छात्र घवाहिल हो गइले जवना में तीन गो के हालत नाजुक बतावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।