उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 30 सितम्बर)

  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय नोएडा एक्सटेंशन, ग्रेटर नोएडा आ नोएडा में किसानन के जमीन अधिग्रहण मामिला के सुनवाई पूरा कइला का बाद आपन फैसला सुरक्षित रख लिहलसि.
  • मायावती काल्हु बरखा से प्रभावित जिलन के हवाई सर्वेक्षण कइली आ राहत अउर पुनर्वास के काम के समीक्षा कइली.
  • सीतापुर जिला में एगो लावारिस लाश के बिना पहिचान करवले नदी में फेंकवा दिहला के मामिला में कोतवाल समेत चार गो सिपाहियन के निलम्बित कर दिहल गइल.
  • बियफे देर रात चित्रकूट जिला में 15 से बेसी मामिलन में खोजात आ पचास हजार रुपिया के इनामी डकैत के मुठभेड़ में मार गिरावल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।