उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 8 अक्टूबर))

  • अतवार का दिने पड़ल मान्यवर कांशीराम के पाँचवा पुण्य तिथि पर बसपा पार्टी आ सरकार कई गो कार्यक्रम के आयोजन कइले बिया. मुख्य कार्यक्रम लखनऊ के कांशीराम स्मारक स्थल पर होखी. एह मौका पर मायावती छह हजार करोड़ रुपिया से बेसी के लागत पर राज्य में चार सौ चौरासी गो परियोजना के शिलान्यास भा लोकार्पन करीहें.
  • मेरठ के हस्तिनापुर से बसपा विधायक योगेश शर्मा के पार्टी से निलम्बित कर दिहल गइल बा. एह विधायक पर अपराधी होखे के आरोप लगावल गइल बा.
  • प्रदेश सरकार हर जिला में नीलगाय मारे के कोटा निर्धारित कर दिहले बिया. अब हर जिला में हर महीना एक सौ ले नीलगायन के मारल जा सकेला. एकरा खातिर हर जिला में बारह बोर के बंदूक राखे वाला लोग के पैनल बनावल जाई. ई फैसला एक साल खातिर लिहल गइल बा.
  • जौनपुर जिला में छतौरा गोदाम का लगे एगो मोटर साइकिल पर जात तीन जने सड़क दुर्घटना में मारल गइले. एह लोग के टक्कर सामने से आवत एगो वाहन से हो गइल रहे.
  • बलिया के फेफना इलाका के सहदेरा गाँव में मंत्र सिद्धि खातिर एगो लड़िकी के इनार में फेंक के बलि चढ़ावे वाला आरोपी का घर पर शनिचर का दिने गाँव के लोग हमला बोल दिहल आ ओकर झोपड़ी गिरा दिहल.
  • आडवाणी के सिताब दियरा से शुरू होखे वाला जन चेतना यात्रा में बलिया भाजपा से अधिका से अधिका लोग के शामिल होखे के अपील कइल जात बा. वइसे आडवाणी के सगरी कार्यक्रम छपरा से होई.
  • बलिया के ददरी मेला आयोजित करे में होखे वाला नुकसान के भरपाई खातिर अबकी स्मारिका निकालल जाई आ लाटरी चलावल जाई.
  • उत्तर प्रदेश में मायावती राज का खिलाफ भाजपा जनस्वाभिमान यात्रा निकाली.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..