उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 9 अक्टूबर)

  • कांशीराम के पुण्यतिथि पर काल्हु प्रदेश में छह हजार पैंतीस करोड़ रुपिया के चार सौ चौरासी परियोजना के लोकार्पण आ शिलान्यास कइल गइल.
  • लोकायुक्त के शिकायत का बाद मंत्रीमण्डल से निकालल गइल रंगनाथ मिश्रा के अब विधायकी के टिकटो काट दिहल गइल बा. बसपा मिर्जापुर विधानसभा सीट से अब आफाक अहमद के टिकट देबे के एलान कर दिहले बिया.
  • लखीमपुर खीरी जिला में अतवार का दिने एगो नेपाली नागरिक के करीब 40 लाख रुपिया के चरस का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • प्रबुद्धनगर जिला में एगो लूटेरा अपराधी के लोग पकड़ के अतना पीटल कि ओकर मौत हो गइल. ओह लुटेरा के दु गो अउरी साथी भाग परइले सँ.
  • राष्ट्रीय लोकदल महासचिव आ मथुरा के सांसद जयंत चौधरी के आरोप बा कि राज्य में लड़िकन के जान जापानी बुखार ले रहल बा बाकिर एकर चिन्ता छोड़ मायावती रुपिया बिटोरे में लागल बाड़ी.
  • मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के उपाध्यक्ष अतवार का दिने बनारस के चौहट्टा लाल खाँ में एगो मजलिस के बोलत कहले कि तलाक के बढ़त रिवाज समाज में बदनामी के जहर घोरत बा. एह पर रोक लगावे के चाहीं आ तलाक शुदा औरतन के इद्दते तक ना, बलुक दोसर शादी करे तक खेवा खर्चा शौहर से मिले के चाहीं.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..