उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 19 अक्टूबर)

  • मुजफ्फरनगर में नकली देसी घी कम्पनी के भंडाफोड़ भइल बा आ ओहिजा से करीब 13 हजार 700 किलो नकली देसी घी बरामद भइल बा. कम्पनी के प्रबंधक आ एगो कर्मचारी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • बांदा जिला में कुछ लोग जिला पंचायत के अपर मुख्य नगर अधिकारी आनंद सिंह चौहान (52) के गोली मार के हत्या कर दिहल. आरोपियन के चिह्नल ना जा सकल.
  • मेरठ जिला में बुध का दिने राज्य परिवहन निगम के बस से दस लोग कचरा गइल जवना में एगो औरत के मौत हो गइल आ बाकी लोग के अस्पताल में इलाज होत बा.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय राज्य में स्थानीय निकायन के चुनाव एह साल के जनगणना का आधार पर करावे के निर्देश दिहले बा. सगरी प्रक्रिया इकतीस अक्टूबर ले पूरा कर के चुनाव के अधिसूचना तुरत जारीओ करे के कहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।