उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 19 अक्टूबर)

  • मुजफ्फरनगर में नकली देसी घी कम्पनी के भंडाफोड़ भइल बा आ ओहिजा से करीब 13 हजार 700 किलो नकली देसी घी बरामद भइल बा. कम्पनी के प्रबंधक आ एगो कर्मचारी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • बांदा जिला में कुछ लोग जिला पंचायत के अपर मुख्य नगर अधिकारी आनंद सिंह चौहान (52) के गोली मार के हत्या कर दिहल. आरोपियन के चिह्नल ना जा सकल.
  • मेरठ जिला में बुध का दिने राज्य परिवहन निगम के बस से दस लोग कचरा गइल जवना में एगो औरत के मौत हो गइल आ बाकी लोग के अस्पताल में इलाज होत बा.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय राज्य में स्थानीय निकायन के चुनाव एह साल के जनगणना का आधार पर करावे के निर्देश दिहले बा. सगरी प्रक्रिया इकतीस अक्टूबर ले पूरा कर के चुनाव के अधिसूचना तुरत जारीओ करे के कहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..