उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 20 अक्टूबर)

  • यूपी दौरा पर आइल कांग्रेस महासचिव राहुल गाँधी मायावती पर प्रहार करत कहले कि केंद्र के भेजल करोड़ों रुपिया गरीबन तक नइखे चहुँपत. आजु उनका मंच का लगे ले एगो युवक पिस्तौल लिहले चहुँप गइल रहे. पुलिस ओकरा के पकड़ लिहले बिया आ पूछताछ होत बा. ओने दू दिन पहिले लखनऊ में अरविंद केजरीवाल पर चप्पल फेंके वाला जितेन्द्र पाठक के नौकरी से निकाल दिहल गइल बा.
  • लखनऊ के सहारा अस्पताल का आईसीयू में भरती साहित्यकार श्रीलाल शुक्ल के तबियत में कवनो सुधार नइखे होखत. श्रीलाल शुक्ल के हालही में ज्ञानपीठ पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.
  • दुष्कर्म के आरोपी ग्रामीण विकास मंत्री दद्दू प्रसाद के बचाव में मायावती के कहना बा कि मंत्री का खिलाफ राजनीतिक साजिश कइल गइल बा. विपक्षी दल मंत्री दद्दू प्रसाद के हटावे के माँग कइले बाड़न जेकरा पर आरोप बा कि ऊ अपना निजी सहायक का साथ मिल के एगो औरत का साथे बलात्कार कइलन.
  • कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी से अमेठी के लोग बियफे का दिने कहल कि अगिला विधानसभा चुनाव में साफ सुथरा छवि वालन के टिकट दिहल जाव.
  • इटावा जिला में बियफे का दिने एगो टेम्पो पलटला से एगो छात्र के मौत हो गइल आ दस गो घवाहिल हो गइले. सगरी एगो स्कूल के छात्र रहले.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।