उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 21 अक्टूबर)

  • पूर्वांचल में पसरल इन्सेफेलाइटिस के खतम करे खातिर केन्द्र सरकार विशेष कार्यक्रम चलाई. ई बाति केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद गोरखपुर में कहलन. एह साल एह बेमारी से अबले पौने पाँच सौ से बेसी मरीज मर चुकल बाड़े आ रोजे नया मरीज अस्पताल में भरती खातिर चहुँपत बाड़ें.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय नोएडा आ ग्रेटर नोएडा में कइल जमीन अधिग्रहण का खिलाफ आपन फैसला शुक का दिने सुनवलसि. एह फैसला में तीन गो गाँव के अधिग्रहण रद्द कर दिहल गइल. साठ गो गाँव के किसानन के मिलल मुआविजा के चौंसठ दशमलव सात फीसदी अतिरिक्त मुआविजा देबे के आदेश दिहलसि. अब नया विवाद फेरु शुरू हो गइल बा. कुछ किसानन के लागत बा कि मुआविजा अउरी मिले ना त जमीन वापिस कर दिहल जाव, प्राधिकरण कहत बा अतिरिक्त मुआविजा आंवटी बिल्डरन से लिहल जाई, जबकि बिल्डरन के कहना बा कि ई बोझा प्राधिकरण खुद उठावे. ले दे के मामिला सुप्रीम कोर्ट में गइल पक्का बा.
  • राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन घोटाला के जाँच करे खातिर सीबीआई अउरी समय चाहत बिया. पिछला तीन महीना से जाँच चलत बिया आ अबहीं ले कुछ ठोस नइखे निकलल. एह बीच राष्ट्रीय ग्रामीण स्वास्थ्य मिशन में आयुष, आयुर्वेद योग युनानी सिद्ध आ होमियोपैथी, चिकित्सकन के बहाली प्रक्रिया शुरु करे के फैसला लिहल गइल बा. पहिले से संविदा पर नियुक्त डाक्टरन के संविदा के नवीनीकरण के आदेश दे दिहल गइल बा.
  • केंद्रीय इस्पात मंत्री वरिष्ठ कांग्रेसी नेता बेनी प्रसाद वर्मा कहलन कि अगर उनुकर कांग्रेस पार्टी सत्ता में आवत बिया त ऊ मुख्यमंत्री पद के दौड़ में शामिल ना होखीहें.
  • औरैया जिला में शुक का दिने एगो बस पलटला से छह लोग के मौत हो गइल आ 10 जने घवाहिल हो गइले. हादसा बिधुना थाना क्षेत्र में भइल. बस बिधुना से कसनी जात रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।