उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 26 अक्टूबर)

  • केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश मायावती सरकार पर आरोप लगवले बाड़न कि सरकार मनरेगा में घोटाला करे वालन का खिलाफ कवनो कार्यवाही नइखे करत. ऊ मायावती के चिट्ठी भेज के लिखले बाड़न कि अगर यूपी सरकार कुछ छुपावे नइखे चाहत त एह घोटाला के सीबीआई जाँच करवावे. जयराम रमेश खास कर के बलरामपुर, गोण्डा, महोबा, सोनभद्र, संत कबीर नगर, मिर्जापुर आ कुशीनगर में घोटाला के आरोप लगवले बाड़न.
  • बनारस में छह से नौ नवम्बर ले गंगा महोत्सव के आयोजन कइल जाई. एकर समापन पर दस नवम्बर के बनारस के गंगा घाटन पर देव दीपावली मनावल जाई.
  • महाराजगंज के पनियरा इलाका में पटाखा बनावत घरी विस्फोट होखला से तीन गो मकान ढह गइल आ कम से कम नौ लोग के मौत हो गइल. छह गो घवाहिलन के गोरखपुर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..