उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 26 अक्टूबर)

  • केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश मायावती सरकार पर आरोप लगवले बाड़न कि सरकार मनरेगा में घोटाला करे वालन का खिलाफ कवनो कार्यवाही नइखे करत. ऊ मायावती के चिट्ठी भेज के लिखले बाड़न कि अगर यूपी सरकार कुछ छुपावे नइखे चाहत त एह घोटाला के सीबीआई जाँच करवावे. जयराम रमेश खास कर के बलरामपुर, गोण्डा, महोबा, सोनभद्र, संत कबीर नगर, मिर्जापुर आ कुशीनगर में घोटाला के आरोप लगवले बाड़न.
  • बनारस में छह से नौ नवम्बर ले गंगा महोत्सव के आयोजन कइल जाई. एकर समापन पर दस नवम्बर के बनारस के गंगा घाटन पर देव दीपावली मनावल जाई.
  • महाराजगंज के पनियरा इलाका में पटाखा बनावत घरी विस्फोट होखला से तीन गो मकान ढह गइल आ कम से कम नौ लोग के मौत हो गइल. छह गो घवाहिलन के गोरखपुर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।