उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 28 अक्टूबर)

  • मुख्यमंत्री मायावती प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिख भेजले बाड़ी कि केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश पूर्वाग्रह का चलते कुछ राज्यन पर, जवना में यूपी शामिल बा, आरोप लगवले बाड़न कि ओहिजा मनरेगा के धन के दुरूपयोग होत बा. लिखले बाड़ी कि यूपी सरकार एह मामिला में सचेत बिया आ गड़बड़ी करे वाला छह गो मुख्य विकास पदाधिकारियन, सात गो परियोजना निदेशकन, आ अट्ठाइस गो खण्ड विकास अधिकारियन समेत ढेरे लोग पर कार्रवाई कइल गइल बा.
  • छठ व्रत के तइयारी अबहिये से शुरु हो गइल बा. जबकि छठ के निर्जला उपवास पहली नवम्बर के कइल जाई. बाकिर व्रत के विधि नहाय खाय का साथे तीस अक्टूबर से शुरू हो जाई.
  • अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के चौबीसवाँ अधिवेशन छब्बीस आ सत्ताइस नवम्बर के जमशेदपुर में करावल जाई. सम्मेलन में गोरखपुर में भोजपुरी अकादमी स्थापित करे के माँग कइल जाई.
  • आजमगढ़ के कौड़िया बाजार में काल्हु रात दर्शनपूजा करत लोग के एगो बेकाबू वाहन कचारत चल गइल जवना से आठ लोग के मौत हो गइल आ बीस लोग घवाहिल हो गइल बाड़े.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..