उत्तर प्रदेश के खबर

(अतवार, 30 अक्टूबर)

  • उप्र के बदहाली खातिर बसपा आ कांग्रेस के जिम्मेदार बतवले भाजपा अध्यक्ष नितिन गडकरी. ऊ कुशीनगर में पार्टी के राज्य शाखा के संबोधित करत ई बाति कहलन.
  • राष्ट्रीय माध्यमिक शिक्षा अभियान का तहत राज्य में चार सौ उनचास गो नया माध्यमिक विद्यालय खोलल जाई. एह विद्यालयन खातिर वार्षिक योजना में पाँच सौ सैंतीस करोड़ रुपिया के प्रावधान राखल गइल बा. एही धन में से दू सौ सैंतीस मौजूदा विद्यालयन में अतिरिक्त कक्षा, प्रयोगशाला, पुस्तकालय, पेयजल आ शौचालय के निर्माण करावल जाई.
  • शनिचर का दिने इलाहाबाद के मोतीलाल नेहरू इंस्टीच्यूट आफ टेक्नालाजी के दीक्षान्त समारोह भइल जवना के मुख्य अतिथि रहलन मशहूर वैज्ञानिक डा॰ पी॰सी॰ गोयल.
  • दशहरा आ दीवाली का चलते राज्य में मतदाता सूची पुनरीक्षण के काम में ढेरे लोग छूट गइला का चलते अब पुनरीक्षण के काम एगारह नवंबर ले चलावल जाई.
  • सुल्तानपुर जिला में एगो विचाराधीन कैदी के रहस्यमय हालात में मौत भइला पर परिजन के आरोप बा कि ओकरा के जेल में यातना देके मुआवल गइल बा.
  • इलाहाबाद जिला बलात्कार के विरोध करे वाला अपना पड़ोसी नाबालिग लड़की के एगो आदमी हत्या कर दिहलसि. पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।