उत्तर प्रदेश के खबर

(सोमार, 31 अक्टूबर)

  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय के आदेश का बावजूद आजु स्थानीय निकायन के चुनाव अधिसूचना जारी ना भइल. प्रदेश सरकार आ जनगणना विभाग न्यायायलय के आदेश पर फेर से विचार करे के गोहार लगवले बाड़े. राज्य निर्वाचन आयोग के कहना बा कि ऊ तबले चुनाव प्रक्रिया शुरू ना कर सके जबले राज्य सरकार एकर अधिसूचना जारी नइखे कर देत.
  • काल्हु आरएसएस के सरसंघचालक रहल के॰ एस॰ सुदर्शन आ मुस्लिम पर्सनल बोर्ड के उपाध्यक्ष मौलान कल्बे सादिक का बीच कुछ बातचीत भइल. सपा नेता आजम खाँ एह मुलाकात के आलोचना कइले बाड़न काहे कि दुनु जने कहले बाड़न कि चुनाव में लोग धर्म आ जाति से ऊपर उठ के वोट देव.
  • राज्य सरकार के दावा बा कि ओकरा टीका करण अभियान का चलते राज्य में एह साल जापानी इंसेफलाइटिस के मरीजन के संख्या में बहुते कमी आइल बा. एह साल कुल एक सौ चँउसठ गो मरीज भरती भइले. जबकि दोसरा तरफ ई खबर बा कि एह साल कम से कम पाँच सौ सोलह लोग एह बीमारी से मरल बाड़े आ गोरखपुर अस्पताल में दू सौ बयालिस मरीज इलाज खातिर भरती बाड़े. सरकारी प्रवक्ता बाकी मरीजन के एक्यूट इंसेफलाइटिस सिंड्रोम के मरीज बतवले बाड़े जवना के अबहीं ले कवनो टीका नइखे निकलल.
  • भाजपा के प्रदेश कार्यकारिणी के बईठक कुशीनगर में पूरा हो गइल. एह में अगिला चुनाव में राज्य में भाजपा सरकार बनावे के संकल्प लिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।