उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 4 नवंबर)

  • उत्तर प्रदेश अग्निशमन विभाग (फायर) में उप-महानिरीक्षक (डीआईजी) डी.डी. मिश्रा मायावती सरकार के आकंठ भठियरपन में डूबल बतवले बाड़न. ई बाति ऊ कैमरा का सामने एहो टीवी चैनल से साक्षात्कार में कहले बाड़न. इहो कहलन कि उनुका कवनो अंजाम से डर नइखे.
  • उप्र पुलिस आपन सिटीजन चार्टर शुक का दिने लागू कर दिहलसि जवना में जनसमस्या निस्तारण के अवधि तय कर दिहल गइल बा.
  • मुरादाबाद जिला के एगो निजी स्कूल के प्रधानाचार्य के दू गो लड़कियिन के यौन उत्पीड़न करे का आरोप में गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • मुरादाबाद में पुलिस जाली नोटों के एगो कारोबारी के दू लाख रुपिया से अधिका के नकली नोट का साथे गिरफ्तार कइलसि.
  • आजमगढ़ में शुक का दिने एगो तेज रफ्तार बस से कचरा के एगो छात्र के मौत का बाद खिसियाइल भीड़ पुलिस पर पथराव कइलसि आ कई गो गाड़ियन में आग लगा दिहलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..