उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 5 नवंबर)

  • बलिया के नगरा थाना में तैनात सिपाही शिव कुमार मौर्य के लाश शनिचर का दिने थाना का बगल में मिलल. ओकर हत्या गोली मार के कइल गइल बा. मऊ जिला कें पतिला गाँव के शिव कुमार मौर्य पैंतालीस साल के रहले. मौर्य के परिवार वाले थाना प्रभारी आर के सिंह पर हत्या करे के आरोप लगवले बाड़न. थाना प्रभारी पर हत्या के मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा. थाना पहिले मामिला के आत्महत्या के बतावे बनावे के कोशिश कइलसि बाकिर लोग के विरोध का बाद मुकदमा दर्ज भइल.
  • अतवार का दिने मतदाता सूची पुनरीक्षण कार्य खातिर हर बूथ पर मतदाता मेला लगावल जाई. एकरा बाद आठ तारीख के तहसील स्तर पर आ एगारह तारीख के जिला स्तर पर मतदाता मेला लगावल जाई जहाँ नया मतदाता अपना के पंजीकृत करा सकेले.
  • केन्द्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा अगिला साल उनतीस जनवरी के करावल जाई. एह परीक्षा के संचालन सीबीएसई करी आ आवेदन पत्र सिंडिकेट बैंक के शाखा पर बिकाइल शुरूहो गइल बा. आवेदन पत्त पच्चीस नवम्बर ले खरीदल जा सकी जवना के तीस नवम्बर ले जमा करा देबे के बा. आवेदन शुल्क पाँच सौ रुपिया राखल गइल बा आ अनुसूचित जाति, जनजाति आ विकलांगन के पचास फीसदी रियायत दिहल जाई
  • उप्र सरकार पर आरोप लगावे वाला पुलिस अधिकारी के मानसिक रोगी बतावत अस्पताल में भरती करा दिहल गइल.
  • कानपुर जिला में शनिचर का दिने एगो ट्रक एगो स्कूल वैन के टक्कर मार दिहलसि जवना से एगो छात्र आ वैन ड्राइवर के मौत हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *