उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 12 नवंबर)

  • मुख्यमंत्री मायावती आजु सोलह हजार करोड़ रुपिया से बेसी के लागत से दू सौ छत्तीस गो परियोजना के शिलान्यास कइली. एह में तीन गो बिजली परियोजनो शुमार बा जवनन से राज्य के एक हजार छह सौ पचास मेगावाट बिजली अधिका मिली. एह मौका पर ऊ केन्द्र सरकार पर राज्य का साथे भेदभाव करे के आरोप लगवली.
  • समाजवादी पार्टी आपन पहिले से घोषित उम्मीदवारन में से छह गो उम्मीदवार बदल दिहलसि आ नया लोग के टिकट देबे के एलान कर दिहलसि.
  • मायावती कहले बाड़ी कि राहुल गाँधी केंद्र सरकार पर आपन खीस उतारस जेकरा चलते महँगाई बेकाबू हो गइल बा.
  • मुम्बई में एगो व्यापारी के हत्या कर के भागल अपराधी के लखनऊ में गिरफ्तार कर लिहल गइल.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..