बिहार के खबर
-

(शनिचर, 12 नवंबर)

  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार 11-11-11 के 11 बज के 11 मिनट पर बिहार के 11 गो भठियारा अधिकारियन पर आमदनी से बेसी के मुकदमा चलावे के आदेश पर दस्तखत कइले. शुक का दिने ऊ अपना सेवा यात्रा पर बेतिया में रहले.
  • पिछला साल का बनिस्बत एह साल किसानन के अपना धान के दाम अस्सी रुपिया प्रति क्विंटल बेसी मिली. साधारण धान के दाम एह साल एक हजार अस्सी रुपिया प्रति क्विंटल आ बढ़िया धान खातिर एगारह सौ दस रुपिया के दर से मिली. सरकार धान के दामो चौबीस घंटा का भीतर दे दी. एह साल तीस लाख टन धान खरीदे के योजना बा सरकार के.
  • सूरदास लोग खातिर सूचना के अधिकार कानून के प्रति ब्रेल लिपि में तइयार करा के ओह लोग के मुहैया करावल जाई आ सूचना के अधिकार का तहत आवेदन अब ब्रेलो लिपि में सकारल जाई. राज्य में दस लाख सूरदास बाड़े बाकिर पिछला पाँच साल में ओह लोग में से केहु सूचना के अधिकार वाला आवेदन नइखे दिहले.
  • रोहतास के डेहरी आन सोन में नकली वनस्पति घीव बनावे वाला फैक्टरी पर छापा मार के चार लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • पश्चिम चंपारण में परगजवा गाँव का लगे शुक का साँझ एगो बस आ आटो का टक्कर में दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.
  • पटना हाई कोर्ट पुलिस बहाली में होमगार्डन खातिर पचास फीसदी आरक्षण देबे के कहले बिया.
  • पूर्वी चम्पारण जिला के संग्रामपुर प्रखण्ड के प्रखण्ड विकास पदाधिकारी के आजु शनिचर का दिने चार हजार रुपिया घूस लेत पकड़ लिहल गइल. अब उनुका के पटना ले आ के पूछताछ कइल जाई.
  • पटना के गांधी मैदान में आयोजित ‘राष्ट्रीय पुस्तक मेला’ में पुस्तक प्रेमियन के हुजूम उमड़त बा. एकर उद्घाटन शुक के साँझ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बेतिया से वीडियो कांफ्रेंसिंग के जरिए कइलन.
  • बिहार के प्रस्तावित लोकायुक्त विधेयक के निराशाजनक बतवले बाड़न अरविंद केजरीवाल, किरण बेदी आ शांति भूषण. मजे के बात बा कि कांग्रेस एह विधेयक के सकारात्मक बतवले बिया. शांतिभूषण कहले कि लागत बा कि बिहार सरकार आ केन्द्र सरकार का बीच कवनो “सौदा” भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts