उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 10 दिसम्बर)

  • राज्य के सगरी मण्डल मुख्यालयन पर पेंशन अदालत आयोजित करे के निर्देश दिहल गइल बा आ पेंशन से जुरल सगरी मामिला के जानकारी वेबसाइट पर डाले के कहल गइल बा.
  • शनिचर साँझ लागल पूर्ण चन्द्र ग्रहण रात के एगारह बजे खतम भइल. एह दौरान श्रद्धालु लोग अन्न जल ग्रहण ना कइल आ बाद में स्नान कर के दान पुण्य कइल लोग. साल के ई आखिरी ग्रहण रहुवे.
  • मिर्जापुर जिला के अहिरौरा इलाका में हनुमान घाटी का लगे एगो जीप के पलटला से तीन लोग के मौत हो गइल आ आठ जने अउर घवाहिल हो गइलन. जीप सोनभद्र जात रहुवे.
  • राहुल अपना पार्टी समर्थकन के उत्साहित करत कहले कि बीस बरीस बाद कांग्रेस उत्तर प्रदेश में अतना मजबूती से लड़त बिया कि बिना ओकर सहयोग लिहले केहू के सरकार नइखे बने वाला. बाकिर कहलन कि कोशिश करे के बा कि कांग्रेस के आपन बहुमत से सरकार बनो.
  • अगिला विधानसभा चुनाव खातिर पीस पार्टी आपन चालीस गो उम्मीदवार के नाम शुक का दिने घोषित कर दिहलसि. कहलसि कि कुल तीन सौ सीट चिन्हल गइल बा जहवाँ उम्मीदवार दिहल जाई. पहिला लिस्ट में घोषित चालीस में से नौ नाम दलित के, दस नाम पिछड़ा के आ एगारह नाम मुसलमान उम्मीदवारन के बा.
  • लोक दल आ कांग्रेस का बीच मोल तोल जारी बा आ उमेद बा कि दुनु पार्टी में जल्दिये समझौत हो जाई जवना का बाद अजित सिंह के केन्द्र में मंत्री बना दिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *