उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 15 दिसंबर)

  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय मायावती सरकार से तीन हफ्ता का भीतर जबाब मँगले बावे कि कैबिनेट सचिव शशांक शेखर सिंह का खिलाफ भठियरपन के आरोप में मुकदमा दर्ज करावे के अनुमति काहे ना दिहल जाव.
  • राहुल गाँधी के कहना बा कि मायावती आ मुलायम जाति के राजनीति कइलन जवना चलते राज्य के विकास ना हो पावल.
  • उप्र भाजपा आपन पहिलका सूची बुध का दिने जारी कर दिहलसि जवना में 143 उम्मीदवारन के नाम बा.
  • राज्य के चार टुकड़ा करे का खिलाफ दायर एगो याचिका पर इलाहाबाद हाई कोर्ट आपन फैसला काल्हु बुध का दिने सुरक्षित राख लिहलसि.
  • परिवहन विभाग में कवनो तरह के हड़ताल पर छह महीना खातिर रोक लगा दिहल गइल बा.
  • माध्यमिक शिक्षा परिषद अगिला साल के इंटरमीडिएट आ मैट्रिक परीक्षा अगिला साल एक मार्च से शुरू होई. परीक्षा के पूरा कार्यक्रम काल्हु घोषित कर दिहल गइल. मैट्रिक परीक्षा में करीब सताइस लाख आ इंटर परीक्षा में करीब साढ़े छब्बीस लाख परीक्षार्थी इम्तिहान दीहें.
  • बलिया के नगरा इलाका में परसिया गाँव में बुध का दिने भइल पुलिस मुठभेड़ का बाद नागालैण्ड के एगो ईनामी अपराधी के गिरफ्तार कर लिहल गइल, नागालैण्ड सरकार ओकरा पर एक लाख रुपिया के ईनाम घोषित कर के रखले बिया.
  • आजमगढ़ के फूलोपुर विधानसभा सीट से सपा का टिकट पर विधायक चुनाइल अरूण कुमार यादव आ एगो पहिले विधायक रहल रामदर्शन यादव काल्हु भाजपा में शामिल हो गइलें. अरुण कुमार भाजपा सांसद रमाकांत यादव के बेटा हउवें.
  • राज्य में निकाय चुनाव करवावे के इलाहाबाद हाई कोर्ट का आदेश पर सुप्रीम कोर्ट रोक लगा दिहले बिया. एहसे राज्य सरकार के बहुते राहत मिलल बा. अब राज्य सरकार के एकरा खातिर दू महीना अउरी मिल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।