उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 16 दिसंबर)

  • राज्य सरकार आदेश दिहले बिया कि सगरी ग्रामसभा के बइठकन के वीडियोग्राफी करावल जाव आ ओकरा के सम्हार के राखल जाव.
  • बसपा सांसद धनंजय सिंह का खिलाफ गैंगस्टर कानून लगा दिहल गइल बा. पिछला साल अप्रेल में जौनपुर के केराकत थाना इलाका में टोलटैक्स का झगड़ा में दू आदमी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहे जवना मामिला में धनंजय के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • शुक का दिने एगो निजी कंपनी के हेलीकाप्टर ढेर देर ले आगरा के ताजमहल के चक्कर मरलसि जवना से घबराइल भारतीय पुरातत्व संरक्षण थाना में केस दर्ज करा दिहलसि.
  • शीतलहरी का चपेटा में पूरा प्रदेश आ गइल बा. कई जगहा तापमान सात डिग्री से कम हो गइल बा.
  • लीवर के खराबी का चलते अस्पताल में भरती शायर अदम गोंडवी उर्फ रामनाथ सिंह के हालत में सुधार हो रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।