उत्तर प्रदेश के खबर

(मंगल 13 सितम्बर)

  • उत्तर प्रदेश सरकार लखीमपुर खीरी जिला में पुलिस थाना में 14 साल के लड़िकी का साथे कहल बलात्कार का बाद हत्या मामिला के जांच सीबीआई से करावे के सिफारिश कर दिहलसि.
  • अमर सिंह के जमानत याचिका पर आजुओ कवनो फैसला ना भइल. अब एहपर बियफे के सुनवाई कइल जाई.
  • दलितन के उत्थान के झूठ प्रचार करत बिया बसपा, कहलसि भाजपा आ मायावती सरकार से दलितन के बेहतरी के ब्योरा मँगलसि.
  • बांदा जिला में नरैनी से बसपा विधायक पुरुषोत्तम नरेश द्विवेदी का घरे एगो नाबालिग लड़की का साथ कहल बलात्कार भइला का मामिला में सच्चाई जाने खातिर अब देश के सर्वोच्च अदालत एह मामिला के जांच सीबीआई के करे के कहले बिया.
  • मेरठ के चौधरी चरण सिंह विश्वविद्यालय में दू गो सीनियर छात्रन का खिलाफ परिसर में एगो जूनियर दलित छात्र का साथ रैगिंग के मुकदमा दर्ज करावल गइला का बाद पुलिस एगो छात्र के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • महाराजगंज जिला में सीमा सशस्त्र बल आ पुलिस मिलके तीन गो नेपाली औरत तस्करन के करीब 20 लाख रुपिया के चरस का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • इटावा जिला में पुलिस पांच गो तस्करन के 2.75 लाख रुपिया के नकली नोट का साथे गिरफ्तार कइले बिया. ई तस्कर नेपाल से नकली नोट ले आवत रहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *