उत्तर प्रदेश के खबर

(बुध, 21 दिसंबर)

  • कड़ाका के जाड़ा से यूपी में अबहीं ले एक सौ से बेसी मौत हो चुकल बा आ ई गिनिती अबहीं अउरी बढ़े वाला बा.
  • गोरखपुर जिला में बुध का दिने राप्ती नदी में एगो नाव पलटला का चलते ओहपर सवार सात गो लड़िका डूब के मर गइलें. आ एगो लड़िका के अबहियो पता नइखे लागत.
  • कमजोर लोकपाल बिल का विरोध में समाजसेवी मेधा पाटकर कांग्रेस महासचिव राहुल गांधी के संसदीय क्षेत्र अमेठी में बुध का दिने धरना दिहली.
  • राज्य में स्वास्थ्य सेवा के बढ़ावे खातिर विश्व बैंक पन्द्रह करोड़ रुपिया के कर्जा मंजूर कइलसि. ई कर्जा पच्चीस साल में लवटावे के पड़ी जवना के बा जरूरत पाँच साल अउरी बढ़ावल जा सकेला.
  • पश्चिमी गंडक नहर से राज्य के गोरखपुर, देवरिया, महाराजगंज आ कुशीनगर के मिले वाला पानी बिहार सरकार एक तरफा फैसला से रोक लिहल बिया जवना खातिर राज्य सरकार केन्द्र से दखल देबे के माँग कइले बिया. बिहार सरकार के एह फैसला से राज्य के सवा दू लाख किसान रबी के फसल के पटवन करे के पानी खातिर तरसत बाड़े. बिहार सरकार के कहना बा कि नहर के मरम्मत करे खातिर पानी रोकल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।