उत्तर प्रदेश के खबर

(बियफे, 22 दिसंबर)

  • मायावती कहले बाड़ी कि अगर सीबीआई के लोकपाल का अधीन ना कइल गइल त बसपा एह विधेयक के समर्थन ना करी. खाद्य सुरक्षा बिल के मायावती कांग्रेस के चुनावि स्टंट बतवले बाड़ी.
  • चालू मौसम में जाड़ा से मरे वालन के गिनिती एक सौ तैंतीस हो गइल बा आ गलन वाला जाड़ा अबहियो जारी बा. काल्हु गोरखपुर में आठ डिग्री सेल्सियस के तापमान रहुवे आ बनारस में पाँच दशमलव सात. जाड़ा के ई हालात अगिला पाँच जनवरी ले बनल रहे के अनेसा मौसम विभाग जनवले बा.
  • समाजवादी नेता आ फैजाबाद से सांसद रहल मित्रसेन यादव के गबन के मुकदमा में सात साल के जेल के सजा सुनावल गइल बा. सपा उनुका के अगिला विधानसभा चुनाव में बीकापुर से टिकट दिहले बिया.
  • मुलायम सिंह काल्हु संसद में कहलन कि अगर लोकपाल बिल पास हो गइल त पुलिस उनुका आ कवनो सांसद के इज्जत कइल बंद कर दी आ ओहलोग के जेल में डाल दी.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।