उत्तर प्रदेश के खबर

(शुक, 23 दिसंबर)

  • कांग्रेसी नेता बेनी प्रसाद वर्मा अपना के अन्ना हजारे से बड़हन नेता बतावल कहले बाड़े कि आजु ले उनुका पर कवनो आरोप नइखे लागल. कहलन कि यूपी में अन्ना के कवनो प्रभाव नइखे.
  • केन्द्र सरकार झाँसी के रानी लक्ष्मीबाई मेडिकल कॉलेज के दिल्ली के एम्स का तरह विकसित करी आ ओहिजा एमबीबी॓एस के सीट बढ़ा के दू सौ कर दिहल जाई. एकर घोषणा स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद झाँसी में कइलन.
  • लखनऊ में डि्पटी सी॓एमओ सचान के हत्या का सिलसिला में शुक का दिने ओह घरी स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण विभाग के मुख्य सचिव रहल प्रदीप शुक्ला से सीबीआई लमहर पुछटअच कइलसि. बतावल जात बा कि जल्दिये पहिले मंत्री रहल दू जने, अनन्त कुमार मिश्र आ बाबू सिंह कुशवाहा, से पूछताछ कइल जाई. डा॰सचान पर दू गो सीएमओ के हत्या करावे के आरोप लगावल रहे आ बाद में जेल में बन्द डा॰ सचान के लाश संदिग्ध हाल में मिलल रहे. संदेह बा कि उनुकर हत्या कइल गइल रहे जवना के जाँच के जिम्मा सीबीआई के दिहल बा.
  • उप्र में कांग्रेस अपना 58 गो अउरी उम्मीदवारन के चउथा सूची जारी कर दिहलसि. एहसे पहिले ऊ 213 प्रत्याशियन के नाम घोषित कर चुकल बिया.
  • सुल्तानपुर जिला में शुक का दिने कुछ हथियारबंद बदमाश एगो महाविद्यालय के प्राचार्य आ उनुका निजी सुरक्षाकर्मी के गोली मारके हत्या कर दिहले. पुलिस के कवनो सुराग नइखे मिलल.
  • तीस हजार के ईनामी अपराधी रईस सिद्दिकी के पुलिस काल्हु बनारस में गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकरा के डॉन मुन्ना बजरंगी के साथी बतावल जाला.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।