उत्तर प्रदेश के खबर

(शनिचर, 24 दिसंबर)

  • उत्तर प्रदेश विधानसभा के चुनाव के घोषणा आजु निर्वाचन आयोग कर दिहलसि. राज्य में सात चरण में मतदान करावल जाई आ चार मार्च के वोट गिनल जाई. पहिला चरण के वोट चार फरवरी, दुसरका के आठ फरवरी, तिसरका एगारह फरवरी, चउथका पन्द्रह फरवरी, पँचवा उनईस फरवरी, छठवाँ तेईस फरवरी आ सातवाँ वोटिंग चरण अठाईस फरवरी के होखी. पहिला चरण के अधिसूचना दस जनवरी के जारी होखी जवन साठ गो विधानसभा सीट खातिर होखी. पहिला चरण में परचा दाखिल करे के आखिरी तारीख सतरह जनवरी राखल गइल बा. पहिला चरण में बिजनौर, मुरादाबाद, भीमनगर, रामपुर, बदायूँ, बरेली, पीलीभीत, शअहजहाँपुर आ लखीमपुर खीरी के मतदान होखी. दुसरका चरण में सीतापुर, बाराबंकी, फैजाबाद, अम्बेडकरनगर, बहराईच, श्रावस्ती, बलरामपुर, गोण्डा, सिद्धार्थ नगर आ बस्ती जिला में वोट डालल जाई. तिसरका चरण में बस्ती, गोरखपुर, महाराजगंज, देवरिया, कुशीनगर, आजमगढ़, मऊ, गाजीपुर आ बलिया जिला में मतदान तिसरका चरण में होखेवाला बा. चउथा चरण में सुल्तानपुर, छत्रपति शाहूजी महाराज नगर, कौशामंबी, इलाहाबाद, जौनपुर, चन्दौली, वाराणसी, संत रविदास नगर, भदोही, मिर्जापुर आ सोनभद्र में वोट डालल जाई. पाँचवा चरण में हरदोई, उन्नाव, लखनऊ, रायबरेली, फर्रुखाबाद, कन्नौज, बाँदा, चित्रकूत, फतेहपुर आ प्रतापगढ़ जिला में मतदान करावल जाई. छठवाँ चरण में आगरा, फिरोजाबाद, एटा, इटावा, मैनपुरी, कानपुर, रमाबाईनगर, जालौन, झाँसी, ललितपुर, हमीरपुर आ महोबा जिला में वोटिंग होई. सतवाँ आ आखिरी चरण के वोटिंग सहारनपुर, मुजफ्फरनगर, मेरठ,बागपत, गाजियाबाद, पंचशील नगर, गौतमबुद्ध नगर, बुलन्दशहर, अलीगढ़, हाथरस, मथुरा आ आगरा में करावल जाई.
  • समाजवादी पार्टी आरोप लगवले बिया कि पिछड़ा कोटा से काट के अल्पसंख्यकन के दिहल जाये वाला आरक्षण कांग्रेस के राजनीतिक साजिश बावे. सपा के कहना बा कि ई आरक्षण सगरी अल्पसंख्यकन खातिर बा जवना के कांग्रेस मुसलमानन खातिर बतावत बिया. भाजपा के कहना बा कि मजहब का आधार पर दिहल जाये वाला आरक्षण देश में पिछड़ा वर्ग आ अल्पसंख्यकन के बीच के भाईचारा बिगाड़ दी आ देश में अलगाव पैदा करी.
  • रेल राज्यमंत्री के एच मुनिअप्पा कहले बाड़न कि लखनऊ से छपरा का बीच रेल लाईन के दोहरी करण करे के काम साल दू हजार तेरह ले पूरा करा लिहल जाई. चार सौ साठ किलोमीटर के एह दूरी के बीच तीन सौ तीस किलोमीटर के काम पूरा हो गइल बा.
  • यूपी में बदलाव ले आवे खातिर कांग्रेस के पांच साल देबे के गोहार लगवले कांग्रेस महासचिव राहुल गाँधी. कहलन कि बसपा, सपा आ भाजपा खाली जाति आ धर्म के राजनीति करेलें.
  • भाजपा नेत्री उमा भारती कहली कि भाजपा के सरकार बनला पर मायावती के काम के जाँच करावल जाई.
  • शनिचर का दिन उत्तर प्रदेश, पंजाब, उत्तराखण्ड, गोवा आ मणिपुर विधानसभा चुनाव के घोषणा कर दिहल गइल. यूपी में सात चरण में बाकिर बाकी राज्यन में एके चरण में मतदान करावल जाई.
  • पिछले दस साल से बुंदेलखण्ड में आतंक बनल डकैत सुंदर लाल पटेल उर्फ रजिया के शनिचर का दिने एगो पुलिस मुठभेड़ में मार गिरावल गइल.

0 Comments