उत्तर प्रदेश में धाक जमावत बाड़े संजय पाण्डेय

आजुकाल्हु भोजपुरी सिनेमा के नामी खलनायक आ आजमगढ़िया संजय पाण्डेय अपना माटी आ अपना भाषा भोजपुरिया के परमसुख लेबे में लागल बाड़न. उनका पाँच गो फिल्मन के शूटिंग एह घरी यूपी में चल रहल बा. आजमगढ़ में असलम शेख निर्देशित आ निरहुआ इंटरटेनमेंट के फिल्म “औलाद” के शूटिंग, जौनपुर में नंद किशोर महतो निर्देशित आ निर्माता जे पी सिंह के फिल्म “बजरंग” के शूटिंग, प्रतापगढ़ में “राजा के रानी से प्यार हो गइल” के शूटिंग, गोरखपुर में “कहीं दिया जले कहीं दिल” के शूटिंग आ लखनऊ में “हार न पाई प्यार हमार” के शूटिंग हो रहल बा. संजय पाण्डेय चाहत बाड़न कि असहीं कबो उनुका दर्जन भर फिल्मन के शूटिंग बिहार में होखे कि ऊ एक साल ले बिहारे में रहसु. देखल जाव संजय पाण्डेय के ई तमन्ना कहिया पूरा होत बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।