उत्तर भारत मे शीतलहर के प्रकोप जारी

पूरा उत्तर भारत में कड़ाका के ठंढ पड़ रहल बा आ मरे वाला लोगन के गिनती बढ़ल जात बा. सरकार के निर्देश बा कि ठंढ से केहू के जान मति जाव आ अगर जान गइल त उपजिलाधिकारी के जिम्मेदार ठहरावल जाई. स्वाभाविक बा कि प्रशासन के पूरा कोशिश रही कि मौत के कुछ दोसरे कारण बतावल जाव. उत्तर प्रदेश के हर तहसील के एक एक लाख रुपिया भेज दिहल गइल बा कउरा फूंके खातिर आ गरीबन में कंबल बाँटे खातिर. वइसे अखबारन के बाति मानीं त काल्हु ले यूपी में छियासी आदमी के जान जा चुकल बा. कहल जा रहल बा कि ठंढक आपन पिछला पचहत्तर साल के रिकार्ड तूड़ दिहले बा. हवा में बलन बहुते बेसी बा. खबर लिखतो घरी हाथ गोड़ कठुआइल जा रहल बा. बिहारो में ठंढ के अइसने प्रकोप बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।